सेवन स्टार इन्टरटेनमेंट बनावे जा रहल बा भोजपुरी फिल्म

अनेके वीडियो अलबम, दर्जनो स्टेज शो, आ हिन्दी आ भोजपुरी के कई गो बनत फिल्मन से जुड़ल कंपनी, सेवन स्टार इन्टरटेनमेंट अब खुदे फिल्म निर्माण का काम में लागे जा रहल बा. एह कंपनी के पहिलका फिल्म के नाम बा “होत बा जवानी अब जियान ए राजा जी”. पिछला दिने मुंबई का “एम ४ यू” स्टूडियो में एकर संगीतमय शुरुआत कर दिहल गइल जब गायिका इन्दू सोनाली का आवाज आ लवली शर्मा के संगीत पर प्यारेलाल यादव कविजी के लिखल एगो गीत के रिकार्डिंग कइल गइल.

फिल्म के निर्माण जसवंत कुमार कर रहल बाड़े. फिल्म के निर्देशन करीहें अरविंद चौबे, जे एहसे पहिले “ओढ़निया कमाल करे” के सफल निर्देशन कर चुकल बाड़न. फिल्म के कलाकारन में भोजपुरी सिनेमा के एक्शन स्टार विराज भट्ट, लोक गायक छोटू छलिया, रुबी सिंह, आ गोपाल राय शामिल बाड़े. एह फिल्म में लोकगायक शनिकुमार शानिया पहिला बेर अभिनय करे जा रहल बाड़न.

एही महीना फिल्म आन लोकेशन होखे जा रहल बिया.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।