सैदपुर में सडक हादसा, एक के मौत, 9 घवाहिल

गाजीपुर जिला के सैदपुर इलाका में आजु शनिचर का भोर में एगो बस आ मार्शल के टक्कर मे एक आदमी के मौत हो गइल आ नौ जने घवाहिल हो गइले.

पुलिस सूत्र से मालूम भइल कि बस वाराणसी से गाजीपुर जात रहुवे आ मऊ से वाराणसी जात एगो प्रेस लिखल मार्शल से टकरा गइल. एह हादसा में मऊ जिला के मलिक दाउदपुर निसासी 22 साल के मतहउर रहमान के मौत हो गइल आ नौ जने घवाहिल हो गइलें. एह घवाहिलन के सैदपुर स्वास्थ्य केन्द्र ले जाइल गंइल जहाँ दू जने के हालत खराब बतावल जात बा.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।