सैलीब्रेटी बीसबीसा में भोजपुरी टाईगर्स भोजपुरी जवान के हरा दिहले

भोजपुरी के प्रसिद्ध अभिनेत्री पाखी हेगड़े के कंपनी सेन्हूर इंटरटेनमेंट प्रा. लि गणतंत्र दिवस पर क्रिकेट आ भोजपुरी सिनेमा के एक दोसरा के पूरक बनावे का मकसद से सेलिब्रिटी क्रिकेट मैच करवलसि. गोरेगाँव के वीनस स्पोर्ट्स मैदान पर भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के कलाकारन के दू गो टीम का बीच बीसबीसा मैच खेलावल गइल. एहमें भोजपुरी जवान टीम के कप्तान रहले दिनेश लाल यादव निरहुआ आ भोजपुरी टाइगर्स के कप्तान रहले मनोज तिवारी.

मैच के उदघाटन निर्माता दीपक सांवत आ इन्कम टैक्स कमिश्नर एस. एस. पी. सिंह नारियल फोड़ के कइले. टॉस जीतके भोजपुरी जवान पहिले क्षेत्ररक्षण करे के फैसला कइले. पहिले बल्लेबाजी करत भोजपुरी टाइगर बीस ओवर में तीन विकेट का नुकसान पर 221 रन बनवले जवना में उत्तम तिवारी के शानदार शतक नाबाद 108 रन शामिल रहल. अजय शर्मा 64 रन के शानदारी पारी खेलले. कप्तान मनोज तिवारी आठे रन पर लपक लिहल गइले. उनुका के प्रवेशलाल यादव का गेंद पर आदित्य ओझा लपकले. अभय सिन्हा 10 रन आ सुधीर सिंह नाबाद 6 रन बनवले. एह पारी में भोजपुरी जवान का तरफ से बिक्रांत सिंह, प्रवेशलाल यादव आ दौलत चटर्जी एक-एक विकेट लिहले.

बाद में 221 रन के स्कोर चहेटे उतरल भोजपुरी जवान टीम सिर्फ 163 रने बना पवलसि. सबले बेसी 40 रन आकाश मुखर्जी बनवले, रविकांत 32, प्रवेशलाल 17 आ आलोक कुमार आ प्रकाश जैश 11-11 रन बनवले. कप्तान निरहुआ सिर्फ 4 रन बना पवले आ उनुका के सुधीर सिंह के गेंद पर पगबाधा आउट दिहल गइल. मनोज तिवारी आ सुधीर सिंह दू दू विकेट, आ उत्तम तिवारी तीन विकेट लिहले. देव पाण्डेय आ विकास सिंह के एक-एक विकेट मिलल. मैन ऑफ दी मैच बनावल गइल 108 रन बनावे आ तीन विकेट चटकावे वाला हरफनमौला खिलाड़ी उत्तम तिवारी के.

मैच से पहिले संवाददाता सम्मेलन में सेन्हूर इंटरटेनमेंट के लोगो मनोज तिवारी, दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ आ पाखी हेगड़े जारी कइल लोग. पाखी हेगड़े बतवली कि सेन्हूर इंटरटेनमेंट के योजना बा फिल्म आ टी. वी. शो बनावे अउर बड़हन इवेंट करावे के. एह काम में उनुका भोजपुरी इंडस्ट्री से जुड़ल सगरी लोग के सहयोग मिलत बा. दुनु टीम के कप्तान मनोज तिवारी आ निरहुआ सेन्हूर इंटरटेनमेंट के एह पहल के स्वागत कइले.

बतावल गइल कि सेन्हुर इंटरटेनमेंट अगिला महीना पटना में तीन मैच के शृंखला आयोजित करी.


(सेन्हुर इंटरटेनमेंट के प्रवक्ता प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।