सोना के सिक्का जारी कइलन पीएम मोदी

बियफे का दिने पीएम मोदी सोना से जुड़ल तीन गो नया योजना के शुुरूआत कइलन. सरकार चाहत बिया कि घर का भीतर राखल सोना के बाहर निकाल के उद्यम में लगावल जाव. अंदाजा बा कि देश में नाहियो त बीस हजार टन सोना आम आदमी के घर में राखल बा. एगो योजना में एह सोना के बैंक में राख के ओकरा पर 2.5 फीसदी ब्याज कमाइल जा सकी. दोसर योजना में लोग सोना के बांड खरीद सकी जवना पर 2.75 फीसदी के ब्याज मिली. आजुए आजादी का बाद पहिला बेर केन्द्र सरकार का तरफ से सोना के सिक्का आ गिल्ली के विमोचन कइल गइल. एह सिक्कन पर एक तरफ अशोक चक्र त दोसरा तरफ महात्मा गाँधी के चित्र अंकित रही. सिक्का 5 ग्राम भा 10 ग्राम के रही आ गिल्ली 20 ग्राम के. एह सिक्कन आ गिल्ली के एम एम टी सी के 125 केन्‍द्रन से बेचल जाई.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।