सोबराती मियाँ गिरफ्तार

राजद के पूर्व सांसद मो॰ शहाबुद्दीन के शूटर दरौली थाना के पतउवाँ गाँव के सोबराती मियां के पुलिस काल्हु समस्तीपुर का सरायरंजन थाना इलाका में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. सोबराती एनिये जमानत पर छूटल रहल हा आ समस्तीपुर जिला में लुका के गाँजा के तस्करी में लागल रहल ह. साथही जेल में बन्द सिवान जिला के रईस खाँ का इशारा पर अपराध करत रहल ह. पूछताथ में सोबराती सकार लिहलसि कि ऊ शहाबुद्दीन आ रईस खाँ का कहला पर अपराध अंजाम देत रहुवे. सोबराती का गाँव वाला घर पर छापा में एगो पिस्तौल, कुछ जिन्दा कारतूस आ सात किलो गाँजा बरामद भइल बा. सोबराती के फेर जेल भेज दिहल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।