सोमार से बिहार में रही ट्रक हड़ताल

काल्हु सबेरे छह बजे से बिहार में ट्रक वालन के बेमियादी हड़ताल शुरु होखे जा रहल बा. एकर एलान करत मालिकन के संघ अध्यक्ष भानु प्रताप सिंह कहलन कि एकरा से होखे वाला जनता के परेशानी के जिम्मेदार बिहार सरकार होखी जे हमनी के माँग सुने के तइयार नइखे.
जान जाईं कि जब जब चुनाव के मौका आवेला तब तब अलग अलग संगठन भा यूनियन आपन आपन मांग ले के आन्दोलन शुरु कर देला. काहे कि ओह लोग के मालूम बा कि चुनावी मजबूरी में राजनीतिक गोल ओह लोग के जायज नाजायज हर मांग माने के मजबूर होखी.
ट्रक मालिकान के कहना बा कि परो साल एह हड़ताल के एलान रहुवे बाकिर तब सरकार बहला फुसला के ओह लोग के मना लिहलसि आ हड़ताल टार दीहल गइल रहुवे. बाकिर कोविड का चलते च्रक वालन के परेशानी बरदाश्त का बाहर हो गइल बा. धंधा चलत नइखे बाकिर रोड टैक्स, कर्जा वापसी, आ लूटपाट का चलते जीयल मुहाल हो गइल बा.
ट्रक वाले चाबत बाड़ें कि सरकार एक बरीस के रोड टैक्स माफ कर देव, बैंक करजा वसूली बन्द कर देस, फिटनेस, परमीट, बीमा वगैरह के वैधता अगिला साल मार्च ले कर दीहल जाव.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।