सोशल साइट पर टिप्पणी कइला खातिर गिरफ्तारी ला आईजी के आदेश चाही

आजु बियफे का दिने सुप्रीम कोर्ट कहलसि कि सोशल साइट पर केहू का खिलाफ कुछ लिखे भा टिप्पणी करे का आरोप में गिरफ्तारी से पहिले राज्य के पुलिस महानिरीक्षक स्तर के कवनो अधिकारी से अनुमति लिहल जरूर होखी. एने हाल में कई बेर देखल गइल बा कि कवनो टिप्पणी से नाराज कुछ सत्ताधारी टिप्पणी करे वाला के गिरफ्तार करवा देत बाड़ें. सुप्रीम कोर्ट के आदेश श्रेया सिंह के याचिका के सुनवाई का बाद आइल बा. एगो सामाजिक कार्यकर्ता जया विंध्यालय के आंध्रप्रदेश के एगो विधायक अमांची कृष्णामोहन आ तमिलनाडू के राज्यपाल के॰ रोसैया का खिलाफ अपमानजनक टिप्पणी के आरोप में गिरफ्तार कर लिहल गइल रहे.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।