स्कूल बस पलटला से तीन गो छात्रन के मौत चालीस गो घवाहिल

भोजपुर जिला के दोबहा पुलिस चौकी के दोबहा बाजार का नियरा आजु सबेरे डीबी स्कूल के बस पलट गइल. एह दुर्घटना में तीन गो छात्र मर गइले आ चालीस गो से अधिका छात्र घवाहिल हो गइले.
पुलिस सूत्र बतवले कि बस विद्यार्थियन के ले के स्कूले जात रहे जब आरा सलेमपुर रोड पर दोबहा बाजार का नियरा बस बेकाबू हो गइल आ सड़क किनारे पलट गइल.
घवाहिल विद्यार्थियन के इलाज खातिर आरा सदर अस्पताल मे भरती करावल गइल जहाँ तीन गो बचवन के मौत हो गइल. चार गो से अधिका विद्यार्थियन के हालत बहुते खराब बतावल जात बा.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।