स्थापना के सउँवा साल मनावत बा बिहार

अपना स्थापना के सउँवा साल शुरु होखते बिहार समारोह मनावे में लाग गइल बा जवन अलग अलग कार्यक्रम का रुप में साल भर तक चलत रही. काल्हु पटना में विधान परिषद के सउँवा साल के समारोह के उद्घाटन करत राष्ट्रपति प्रतिभादेवी सिंह पाटिल कहली कि हमनी के जाति धर्म संप्रदाय से उपर उठ के पूरा देश का बारे में सोचे के चाहीँ आ कल्याणकारी योजनन के लाभ सगरी लोग तक चहुँपे के चाहीं. एह अवसर पर राज्यपाल देवानंद कुँअर के कहना रहे कि बिहार अपना एतिहासिक आ प्राचीन संस्कृति खातिर जानल जाला आ दुनिया भर में एकर पहिचान बा.

गाँधी मैदान में बिहार दिवस समारोह के उद्घाटन करत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलें कि आजु बिहारी कहावल गौरव के बात बन गइल बा. बिहार विकास का राह पर चल निकलल बा. एह मौका पर ऊ प्रदेश के तीन करोड़ चालीस लाख बचवन के हेल्थ कार्ड बनावे के शुरुआत कइलन आ नौ गो किताबन के लोकार्पणो कइल गइल.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।