स्मृति के जलवा

smriti-sinhaस्मृति सिन्हा पर एह घरी किस्मत मेहरबान बा. पिछला दिने रिलीज उनकर फिलिम ‘प्यार झुकता नही’ के बिहार के दर्शक बहुते पसंद कइलें. निर्माता अभय सिन्हा के बनावल ई फिलिम ईद पर रिलीज भइल रहे. निर्देशक बाड़ें असलम शेख.

पचपन सिनेमाघरन में रिलीज एह फिलिम के औरतन के समूह खूब पसंद करत बा आ एकरा गणेश (हाजीपुर), पायल (मोतिहारी), आरडी पैलेस (सीतामढ़ी), भोला (समस्तीपुर), जानकी (केसरिया), श्री माँ (अरेराज), किरण (गया), सपना (आरा) समेत दू दर्जन सिनेमाघरन में निकहा धन बटोरे में सफलता मिलल बा. फिलिम में नायक बाड़ें खेसारीलाल.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..