स्मृति के बिग मेमसाब की धूम

SMRITI
भोजपुरी अदाकारा स्मृति सिन्हा एह घरी बिग मैजिक टीवी के रियलिटी शो ‘बिग मेमसाब’ के एंकरिंग करत बाड़ी. शो में स्मृति के हाजिर जवाबी आ अदा खास क के महिला आ युवा वर्ग के बहुते पसंद आवत बा.

‘बिग मेमसाब’ के धूम सगरी बिहार-झारखंड आ यूपी में देखे के मिलत बा. शो में स्मृति के लोकप्रियता के आलम ई बा कि चैनल स्मृति के एह शो के अगिलो सीजन ला अनुबंधित क लिहले बावे.

एह बीच स्मृति अपना फिलिम ‘तू महलों की रानी मैं गलियों का राजा’ के शूटिंगो करत बाड़ी. छोटका परदा पर औरतन के बिग मेमसाब बनावे वाली स्मृति अपने कब मेमसाब बनीहें ई पूछला पर चुप्पी साध लेत बाड़ी.

बहरहाल स्मृति अपना शो के सफलता से गदगद बाड़ी. एह शो के निर्माता अभय सिन्हा हउवन.


(प्रशांत-निशांत)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।