स्वंत्रता दिवस पर पुरा भारत में गूंजी "बलमा बिहारवाला"

Akshara-Khesari-BalmaBiharwalaएह स्वतंत्रता दिवस माने कि १५ अगस्त से पूरा भारत में गूंजे वाला बा “बलमा बिहार वाला” के नारा. काहें कि एह साल के सबले चर्चित फिलिम “बलमा बिहारवाला” एही दिन रिलीज़ होखे वाला बा. आकाश फिल्म इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल एह फिलिम के निर्माता रितेश कुमार ठाकुर, सह निर्माता राहुल साहनी आ दीपक सिंह, लेखक निर्देशक विष्णु शंकर बेलु. भूपेंद्र कुमार सिंह कृत आ उदय शंकर सिंह के परोसल एह फिलिम में सुपर स्टार खेसारी लाल आ चर्चित अदाकारा अक्षरा सिंह के रोमांटिक जोड़ी बा. साथे बाड़ें प्रिया शर्मा, काजल सिंह, हीरा यादव, मिथिलेश अविनाश, कौशल, पूनम दुबे, विष्णु शंकर बेलु आ नवोदित विकेश सिंह.

संगीतकार हउवें छोटे बाबा आ गीतकार प्यारेलाल कवि, कृष्णा बेदर्दी, मुन्ना दुबे, अशोक सिन्हा आ आज़ाद सिंह. पटकथा आ संवाद लेखक मनोज के . कुशवाहा, नृत्य निर्देशक राम देवन , संजय सुर्वे अउर महेश आचार्य.

निर्देशक विष्णु शंकर बेलु के कहना बा कि “बलमा बिहारवाला” भोजपुरी के आम मसाला फिलिमन से हट के बा आ हर तरह से समाज के हर वर्ग के दर्शकन के पसंद धेयान में राख के बनावल गइल बा. निर्माता रितेश ठाकुर कहलें कि एह फिलिम में एगो कलाकार के संघर्ष आ दर्द का साथे साथ झूठ अछरंग से निकले के कहानिओ बढ़िया से देखावल गइल बा.

बलमा बिहार वाला खातिर फिल्म वितरक आ दर्शक सभे में जिज्ञासा बनल बा.


(उदय भगत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।