स्वच्छता अभियान के शुरूआत कइलन मनोज तिवारी

ManojTiwari-KoyalRana
उत्तर पूर्वी दिल्ली के सांसद मनोज तिवारी आ फेमिना मिस इंडिया व‌र्ल्ड कोयल राणा बियफे का दिने एगो स्वच्छता अभियान के शुरुआत कइल. एह अभियान में ई लोग झुग्गी झोपड़ियन आ निगम स्कूलन में जा के बचवन के स्वच्छता का बारे में जागरूक कइलन.

एह दौरान बचवा आ ओकनी के गार्जियन आ मास्टरो लोग सांसद आ मिस इण्डिया के देखे ला बेचैन रहे. मनोज तिवारी कहलन कि एह तरह के छोटहने-छोटहन प्रयासो से बड़हन बदलाव ले आवल जा सकेला. कोयल राणा नारा दिहली ‘आपकी जिंदगी आपके हाथ, साफ हाथ सुरक्षित आप’.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।