स्वतंत्रता सेनानी सीताराम सिंह के निधन


महाराजगंज, 19 अप्रैल. सिवान जिला के महाराजगंज इलाका के बगरा गाँव के पुरनिया स्वतंत्रता सेनानी सीताराम सिंह के निधन मंगल के अधरतिया में पटना के एगो निजी अस्पताल में हो गइल.
पटना से उनुकर पार्थिव शरीर गाँवे पहुँचते उनुकर आखिरी दर्शन ला लोग के हुजूम उमड़ पड़ल. सीताराम बाबू के मनसा का मुताबिक डुमाई गढ़ में अंतिम संस्कार करावे ला जब मजिल निकलल त जगहे जगबे लोग उनुका के आपन श्रद्धांजलि देत गइल.
उनुका घरे आ के श्रद्धांजलि देबे वालन में एसडीओ मंजीत कुमार, एसडीपीओ संजीत कुमार, बीडीओ रवि कुमार, सीओ रवि राज, प्राचार्य अभय कुमार सिंह, मुखिया डॉ. राजाराम राय वगैरह सैकड़ो लोग शामिल रहल.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..