स्वतंत्रता सेनानी सीताराम सिंह के निधन


महाराजगंज, 19 अप्रैल. सिवान जिला के महाराजगंज इलाका के बगरा गाँव के पुरनिया स्वतंत्रता सेनानी सीताराम सिंह के निधन मंगल के अधरतिया में पटना के एगो निजी अस्पताल में हो गइल.
पटना से उनुकर पार्थिव शरीर गाँवे पहुँचते उनुकर आखिरी दर्शन ला लोग के हुजूम उमड़ पड़ल. सीताराम बाबू के मनसा का मुताबिक डुमाई गढ़ में अंतिम संस्कार करावे ला जब मजिल निकलल त जगहे जगबे लोग उनुका के आपन श्रद्धांजलि देत गइल.
उनुका घरे आ के श्रद्धांजलि देबे वालन में एसडीओ मंजीत कुमार, एसडीपीओ संजीत कुमार, बीडीओ रवि कुमार, सीओ रवि राज, प्राचार्य अभय कुमार सिंह, मुखिया डॉ. राजाराम राय वगैरह सैकड़ो लोग शामिल रहल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।