स्वर्ण पदक जीत के आइल पूनम यादव के स्वागत में वाराणसी में जश्न


वाराणसी, 13 अप्रैल (वार्ता). ऑस्ट्रेलिया के गोल्ड कोस्ट में भइल 21वां राष्ट्रमंडल खेल में भारत के स्वर्ण पदक दिअवला का बाद आजु अपना पैतृक शहर वाराणसी लवटल पूनम यादव के जोरदार स्वागत कइल गइल.
बाबतपुर के लाल बहादुर शास्त्री अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा पहुंचना से पहिलहीं उनुका अगवानी में ढेरे नात-रिश्तेदार आ सैकड़न खेल प्रेमी पहुंच गइल रहलें. पूनम यादव के एहिजा उतरते “भारत माता की जय” आ “पूनम यादव जिंदाबाद” के नारा अउर ढोल-नगाड़ा के थाप से आसमान गूंज उठल. उनुकर स्वागत फूल-माला से भइल आ शहर के कई इलाकन में खेल प्रेमी जश्न मनवलें. हवाई अड्डा पर संवाददातन से बतियावत पूनम यादव कहली कि माता-पिता, कोच अउर परिवार के मदद आ आशीर्वाद से उनुका ई स्वर्ण पदक जाते के मौका मिलल. कहली कि आजु के दिन उनुका ला बहुते बड़ दिन बा. आ एही दिन का उमीद में उनुकर पिता कर्जा लेके उनुका ला जरूरी खानपान के इंतजाम कइलें. उनुके सूझबूझ आ साहस का बदौलत उनुका अतना बड़हन खुशी नसीब भइल.
आत्मविश्ववास से भरल पूनम यादव कहलि कि आवे वाला एशियन आ ओलंपिक खेलो के तइयारी करीहें आ बेहतर से बेहतर परिणाम ले आवे के कोशिश करीहें.
उत्तर प्रदेश सरकार से 50 लाख रुपिया के इनाम आ राजपत्रित पदाधिकारी के पद देबे के एलान पर खुशी जतावत मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ ला आभार जतवली.
पूनम यादव हरहुआ विकास खंड के दांदूपुर गांव के हई.

0 Comments