सड़क छाप बन गइले पंकज केसरी

pankaj_kesriअभिनेता पंकज केसरी एह घरी सड़क छाप बन गइल बाड़ें आ उनुका के सड़क छाप बनवले बाड़न निर्माता अरुण कुशवाहा आ गुलशन अली. जानि गइल होखब कि मामिला फिल्मी ह. “सड़क छाप” फिलिम में पंकज के किरदारो सड़के छाप बा. वर्चस्व इन्फ्राटेक प्रा.लि. के परोसल आ एम जी फिल्म्स अउर पावेल इंटरटेनमेंट के बनावल फिलिम ’सड़क छाप’ के शूटिंग पूरा हो गइल बा आ अब पिस्ट प्रोडक्शन के काम चलत बा,

एहमें पंकज केसरी के साथे बाड़ी दू गो हॉट अदाकारा. पहिलका हई राजस्थानी फिलिमन के सुपर स्टार अभिनेत्री नेहा श्री आ दोसरकी हई नवोदित अदाकारा भावना चौहान. अरुण कुशवाहा आ गुलशन अली के बनावल एह फिलिम के निर्देशक बाड़े रणजीत महापात्र. बाकी कलकारन में जफर खान, राजेश तोमर, विनीत, चांदनी जैसवाल, सिकंदर सुहाना, हिटलर मुकेश, रमण शर्मा आ सीमा सिंह के नाम मुख्य बा,

कथा-पटकथा आ संवाद पप्पू प्रीतम के लिखल, संगीतकार राजेश रजनीश, गीतकार विनय बिहारी, पप्पू प्रीतम, मनु यादव अउर जावेद अहमद, छायांकन दिनेश पटेल अउर दया के, नृत्य निर्देशक कानु मुखर्जी, आ मार-धाड़ निर्देशक भरत क्षत्रिय हउवें. शूटिंग बिहार के मोतिहारी आ उत्तर प्रदेश के लखनऊ आ मुंबई के मनोहर लोकेशन पर करावल गइल बा.


(उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।