इलाहाबाद जिला के हंडिया विधानसभा सीट के उपचुनाव ओहिजा के सपा विधायक महेश नारायण सिंह का निधन का चलते २ जून के करावल जाई. एह खातिर ८ मई से १५ मई का बीच परचा दाखिल कइल जा सकी. परचा के जाँच १६ मई के होखी आ १८ मई ले नाम वापिस लिहल जा सकी. ओकरा बाद जरूरी भइल त २ जून के चुनाव आ ५ जून के वोट गिनल जाई.
0 Comments