हंसावत हंसावात पेट फुला दी ‘मोर्चाबन्दी’

भोजपुरी फिल्म ‘मोर्चाबन्दी’ से जुड़ल हर आदमी के कहना बा कि ई फिलिम देखे वालन के हंसा-हंसा के पेट फुला दी. लेखक-निर्देशक संजय श्रीवास्तव, फिल्म के नायक राजीव दिनकर आ मनोज टाईगर त डंका के चोट पर एह बात के दावा करत बाड़ें कि ई फिलिम देखेवालन के पाई पाई वसूल करा दी.

निर्मात्री गीता श्रीवास्तव के एह फिल्म ‘मोर्चाबन्दी’ के शूटिंग उत्तर प्रदेश के सुल्तानपुर में कइल गइल बा. रौनक क्रियेशन आ सिल्वर स्क्रीन क्रियेशन के बैनर तले बनल एह फिल्म में मनोज टाईगर आ राजीव दिनकर के अलावा श्री कनकनी, प्रीती अउर रंजीव वर्मा के मुख्य भूमिका बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।