हचपच माहौल में राष्ट्रीय खेल शुरु भइल

कुछ दिन पहिले संपन्न राष्ट्रमण्डल खेल में भ्रष्टाचार के खुला खेल खेलल गइल रहे. जवना के असर अबहियो पड़ रहल बा. काल्हु राँची के बिरसा मुण्डा स्टेडियम में शुरु राष्ट्रीय खेल पूरा हचपचिया माहौल में शुरु भइल. झारखण्ड के राज्यपाल एमओएच फारुकी खेल के उदघाटन कइले. उद्घाटन समारोह में मुख्यमंत्री अर्जुन मुण्डा, केन्द्रीय मंत्री सुबोधकांत सहाय, आ पूर्व मुख्यमंत्री शिबु सोरेन मौजूद रहले. आजु से खेल प्रतियोगिता शुरु होखी जवन राँची का साथ साथ धनबाद आ जमशेदोपुर में करावल जाई. राज्य के सूचना भवन से भेजल निमन्त्रण पत्र में गड़ड़ि का चलते समारोह में आइल लोग के बहुते परेशानी झेले के पड़ल.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..