हत्यारा रॉकी के माई कोर्ट में सरेंडर कइली

आपन गाड़ी ओवरटेक करे वाला आदित्य सचदेवा के गोली मार के मुआ देबे वाला अनेरिया रॉकी यादव के माई आ जदयू के विधायिका मनोरमा यादव आज मंगल का भोर में गया के अदालत में सरेंडर क दिहली। सरेंडर का बाद अदालत उनका के 14 दिन के जुडिशियल हिरासत में भेज दिहलसि।
मनोरमा के अबहियों उमेद बा कि उनकर आका लोग उनका के बचा ली। कहत बाड़ी कि उनका के फँसावल गइल बा।
जान ली कि छापा में उनका घर से शराब के कई गो बोतल मिलल जवन आज के बिहार में बडहन अपराध बा।

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..