हत्या के सुराग अब ले ना मिलल

देवरिया जिला के लार इलाका के रेवली का नियरा बियफे का दिने भइल हत्या के खुलासा अबहीं ले नइखे भइल. बलिया के फेफना इलाका के खलीलपुर गाँव के रामजित सिंह देवरिया के मठलार इंटर कालेज के प्रिंसिपल रहलन. बाकिर कालेज में विवाद का चलते उनुका के ससपेंड क दीहल रहे. ऊ एने अपना सेना से रिटायर भइल बड़ भाई का साथे कालेज आवत जात रहलन. बियफे का दिने दुनू भाई के हत्या गोली मार के क दीहल गइल. मोटरसाइकिल से रामजीत सिंह के मोटरसाइकिल के पीछा करत बदमाश रोकवा के गोली मार दिहलन. एहू लोग का लगे रिवाल्वर आ बंदूक रहुवे बाकिर मौका ना मिल पावल मुकाबला करे के. पुलिस एह हत्या के गुत्थी सझुरावे में अझूराइल बिया. कालेज के विवाद का चलते हत्या भइल कि पारिवारिक विवाद का चलते, ई अबहीं ले साफ नइखे भइल. शादी के तिसरके दिने रामजीत सिंह के अपना मेहरारू से झगड़ा हो गइल रहुवे आ ऊ अपना नइहर चल गइल रहुवे. पुलिस ससुरारी के दू जने के गिरफ्त में ले के पूछताछ करत बिया.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *