हमरा आ हमरा गोल का बीच दूरी ना बनावल जा सके : अमरिंदर सिंह

नयी दिल्ली 04 मार्च (वार्ता). पंजाब के मुख्यमंत्री आ कांग्रेस के बड़का नेता कैप्टन अमरिंदर सिंह एह बाति पर विरोध जतवले बाड़न कि उनुका के केहू आजाद सिपाही कइसे बता सकेला. कहलन कि एह तरह का बयान से उनुका आ उनुका गोल का बीय दूरी ना बनावल जा सके.

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी काल्हु भाजपा कार्यालय में अपना भाषण का दौरान कहले रहलें कि कांग्रेस पंजाब के मुख्यमंत्री कैप्टन के आपन नेता ना माने. ऊ आजाद सिपाही का तरह काम करेलें.

प्रधानमंत्री के एही बयान पर आपत्ति करत कैप्टन सिंह ट्विटर पर एगो संदेश जारी क के कहले बाड़न कि एह तरह के हल्का बयानन से उनुका आ कांग्रेस का बीच अलगाव पैदा ना कइल जा सके.

कहलन कि – ई बाति मोदी से के बतावल. हम त नइखिए बतवले. का कांग्रेस हाईकमान मोदी से एह बारे में कवनो शिकायत कइले बावे. कवनो बाति ना. हम ई साफ करत बानी कि एह तरह के बयान से हमरा आ हमरा गोल का बिट दूरा पनपावे में मदद ना मिली. हमरा अपना गोल में आ हमरा गोल के हमरा में पूरा भरोसा बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।