हमरा कॉमेडी फिलिम कइल अधिका नीक लागेला – विनय आनंद

VinayAnand-BihariRickshawalaसिनेमा भोजपुरी के सुपर स्टार अभिनेता विनय आनंद अपना आवे वाली फिलिमन, बिहारी टाइगर आ बिहारी रिक्शावाला, ले के बहुते खुश बाड़न आ बिहार, यू.पी, पंजाब आ मुंबई के अलग अलग शहरन में जा के एह फिलिमन के प्रचार प्रसार करे में लागल बाड़न. जानते होखब कि विनय आनंद अबही ले भोजपुरी आ हिंदी में अनगिनत फिलिम कर के दर्शकन का दिल में अपना ला खास जगहा बना चुकल बाड़न. विनय आनंद अब कॉमेडी फिलिम अधिका कइल चाहत बाड़न काहे कि दर्शक उनुका कॉमेडी के अधिका सराहेलें. जइसे कि उनकर हिंदी फिलिम आमंदनी अट्ठनी खर्चा रुपैया, आ भोजपुरी में चाचा भतीजा, ख्टाईलाल मिठाईलाल, जाड़े में बलमा प्यारा लगे, दामाद चाहीं फोकट में वगैरह के बिज़नस बहुते बढ़िया रहल रहे. आजुओ जब एह फिलिमन के टीवी पर देखावल जाला त दर्शक चाव से देखेलें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।