हमरा कॉमेडी फिलिम कइल अधिका नीक लागेला – विनय आनंद

VinayAnand-BihariRickshawalaसिनेमा भोजपुरी के सुपर स्टार अभिनेता विनय आनंद अपना आवे वाली फिलिमन, बिहारी टाइगर आ बिहारी रिक्शावाला, ले के बहुते खुश बाड़न आ बिहार, यू.पी, पंजाब आ मुंबई के अलग अलग शहरन में जा के एह फिलिमन के प्रचार प्रसार करे में लागल बाड़न. जानते होखब कि विनय आनंद अबही ले भोजपुरी आ हिंदी में अनगिनत फिलिम कर के दर्शकन का दिल में अपना ला खास जगहा बना चुकल बाड़न. विनय आनंद अब कॉमेडी फिलिम अधिका कइल चाहत बाड़न काहे कि दर्शक उनुका कॉमेडी के अधिका सराहेलें. जइसे कि उनकर हिंदी फिलिम आमंदनी अट्ठनी खर्चा रुपैया, आ भोजपुरी में चाचा भतीजा, ख्टाईलाल मिठाईलाल, जाड़े में बलमा प्यारा लगे, दामाद चाहीं फोकट में वगैरह के बिज़नस बहुते बढ़िया रहल रहे. आजुओ जब एह फिलिमन के टीवी पर देखावल जाला त दर्शक चाव से देखेलें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..