हमहन लोग बंजारा हईं : बालगोविंद बंजारा

भोजपुरी सिनेमा के खलनायकन में आजुकाल्हु तगड़ा कम्पीटिशन के माहौल बन गइल बा. एह कंपटीशन में नया नाम जुड़ गइल बा बालगोविंद बंजारा के. जब बाल गोविन्द से पूछल गइल कि ऊ अपना नाम का साथ बनजारा काहे लिखेले जबकि ऊ मद्धेसिया हउवन. त उनुकर सीधा जबाब रहल कि हमनी का कलाकार बनजारे हईं स. कहींओ तंबू बंबू गाड़के अपना कला के कैमरा में कैद करा लिहिले स दर्शकन का सोझा परोसे खातिर. त हमनी का बंजारा भइली स कि ना ?

एह घरी बालगोंविंद निर्देशक जगदीश शर्मा के फिलिम ‘एक बिहारी सौ पर भारी’ आ फहीम खान के निर्देशन में बनत फिल्म ‘दिल तऽ पागल होला’, आ रामदेवन निर्देशित ‘काली’ का शूटिंग में बहुते व्यस्त बाड़े. बालगोविंद के आवे वाली फिलिमन में ‘यादव पान भण्डार’, ‘धुरंधर’, ‘मितवा जनम जनम के’ शामिल बाड़ी स. धुरंधर में त बालगोविंद का उपर एगो शानदार होली गीतो फिल्मावल गइल बा.


(दिनेश यादव के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।