हमार ललकार २५ जून से सिनेमाघरन में

भोजपुरी एक्शन स्टार सुदीप पाण्डे आ नया चेहरा उमेश सिंह के शानदार अदाकारी से सजल भोजपुरी फिल्म हमार ललकार २५ जून के बिहार झारखण्ड के सिनेमाघरन में रिलीज होके जा रहल बा. माँ तीर्थवासी देवी इन्टरटेनमेंट का बैनर में एकरा के जी के चतुर्वेदी बनवले बाड़े आ निर्देशन के कमान अनिकेत मिश्रा सम्हरले बाड़न.

Umesh Singh and Anara Gupta in Humar Lalkaar

भरपूर एक्शन का साथ कई गो हैरत अंगेज दृश्यन से सजल एह फिल्म में कई तरह के सामाजिक अत्याचारन का खिलाफ आवाज उठावल गइल बा. फिल्म के मुख्य पात्रन में सुदीप पाण्डे आ उमेश सिंह के अलावा अनारा गुप्ता, प्रिया शर्मा, नीलिमा सिंह, मनोज द्विवेदी, सुनीता शर्मा, विनोद मिश्रा, जय तिलक, आ किट्टू के नाम बा.

फिल्म में मिस जम्मू रह चुकल आ विवादित नायिका अनारा गुप्ता आ उमेश सिंह पर एगो गरम गानो फिल्मावल गइल बा. फिल्म के लेखक अरवि्द तिवारी हवें आ संगीतकार अमन श्लोक.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।