हमार लव स्टोरी के संगीत मुहुर्त

Vikrant and Rakhi
पिछला दिने भोजपुरी फिल्म “हमार लव स्टोरी” के संगीतमय मुहुर्त मुंबई के जिप ट्रैक रिकार्डिंग स्टूडियो में गायिका इन्दू सोनाली का आवाज में. राजेश मिश्रा के लिखल गाना, राजेश गुप्ता के संगीत निर्देशन में रिकार्ड करवा के कइल गइल. फिल्म के निर्देशक बाड़न जगदीश सी पाण्डेय जे फिल्म के कथानको तइयार कइले बाड़न. अभिनव रेड्डी आ सारा शर्मा के बनावल एह फिल्म के मुख्य कलाकारन में विक्रांत सिंह, राखी त्रिपाठी, आ नवोदित अभिनेता विक्रांत आनन्द शामिल बाड़े. फिल्म का कहानी का बारे में बतावल जात बा कि दुनु विक्रांत एके गो राखी पर फिदा बाड़े आ ओकरा इश्क का जुनून में दुनु का बीच के टकराहट हिंसा के रुप ले लेत बा. परिणाम का होत बा एकर उत्सुकता फिल्म का साथे मालूम होखी. तबले अतने जान ली कि इहे फिल्म के मुख्य बिन्दु बा. अउरी कलाकारन में एहसान कुरेशी, अली खानम डेजी इरानि, देव मल्होत्रा, आ बीरबल वगैरह शामिल बाड़े. फिल्म के शूटिंग अगिला महीना से मध्यप्रदेश के छिंदावाड़ा में शुरु होखे जा रहल बा आ फिल्म के जून तक रिलीजो करा देबे के योजना बा.
(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..