हमार वचन के संगीतमय शुरुआत


हालही में मुंबई के गोरेगाँव पश्चिम में साउण्ड एण्ड विजन स्टूडियो में संगीत निर्देशक अभिजीत झा के निर्देशन में गाना रिकार्ड करवा के भोजपुरी फिल्म “हमार वचन” के संगीतमय शूरुआत करावल गइल. फिल्म में आठ गो गाना बाड़ी सँ जवना के अनुराधा सिंह, अनुप्रिया, धनंजय कुमार आजाद, नीलेश अकेला, गुलाब यादव, आ खुद अभीजीत जा गवले बाड़े. फिल्म के निर्देशन आ संपादन पप्पू शर्मा के बा. मुख्य कलाकारन में अनिकेत, सौम्या राजपूत, राकेश आर पाण्डेय, मोनिका, मधुरिमा शर्मा, फरहा नाज, सपना पाण्डेय वगैरह के नाम शामिल बा. बीस दिन के शूटिंग २ मार्च से मुंबई आ गुजरात में करावल जाई.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।