"हमार सईयां दरोगा" के शूटिंग पूरा हो गइल

शिव आशिष सिने विजन का बैनर में बनल पारिवारिक भोजपुरी फिल्म ‘‘हमार सईयां दरोगा’’ के शूटिंग पिछला दिने झारखण्ड के गिरीडीह शहर में कइल गइल. ई फिलिम पूरा तरह से एगो साँच घटना पर बनावल गइल बा. फिल्म के निर्देशन रितुराज के बा. एह फिल्म में कुल आठ गो गाने बा जवनन के रौशन शर्मा आ कोमल ढिल्लन पर बखूबी फिल्मावल गइल बा. एह फिल्म का जरिये अभिनेता रौशन शर्मा के भोजपुरी सिनेमा में लांच कइल जा रहल बा.

फिल्म के निर्माता उपेन्द्र शर्मा, निर्देशक रितुराज, गीत-संगीत धनंजय मिश्रा, छायांकन हिमांशू, नृत्यनिर्देशन रितुराज के आ मारधाड़ निर्देशन शमीम के बा. कलाकारन में रौशन शर्मा, कोमल ढिल्लन, जफर खान, एस. के. भारद्वाज, विजय खरे, सिराज खान वगैरह शामिल बाड़े.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..