हम त साल भर कहले रहीं बाकिर एहीजा दूइये महीना में हालत खराब हो गइल बा.

यूपी के मुख्यमंत्री रहल मायावती काल्हु अपना पत्रकार सम्मेलन में अखिलेश यादव सरकार पर हमला बोलत कहली कि हम त कहलें रही कि साल भर का भितरे लोग के अहसास हो जाई कि गलती हो गइल सपा सरकार ले आ के. बाकिर हालात अतना खराब बा कि दुइये महीना में लोग मानल शुरु कर दिहल कि सपा के जीता के गलती कर दिहनी. मायावती फेर कहली कि सपा के जीत कांग्रेस आ भाजपा के गलत रणनीति का चलते भइल. कहली कि उनुका राज में जेल में बंद सगरी अपराधी अब बाहर आ गइल बाड़ें जवना चलते अपराध बेतहाशा बढ़ गइल बा.

दोसरा तरफ एगो समीक्षा बइठक कर के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव अपना अधिकारियन के चेतवलें कि पंद्रह दिन का भीतर अपराधन पर काबू पा लिहल जाव. कहलन कि अधिकारी कवनो राजनीतिक दबाव में मत आवसु

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *