हम मस्ताने के संगीत मुहुर्त

पिछला दिने मुंबई के चार बंगला में स्वर्णलता स्टूडियो में भोजपुरी फिल्म “हम मस्ताने” के संगीत मुहुर्त इंदु सोनाली का आवाज में एगो गाना रिकार्ड करा के करावल गइल. एह मौका पर मशहूर उद्योगपति नरेश कुमार मारू आ फिल्म उद्योग के सितारा लोग मौजूद रहल.

फिल्म के कहानी अपने दुनिया में मगन रहे वाला दू गो नवयुवकन के बा जवन कुछ घटना का बाद आपन जान जोखिम में डाल के कुछ अइसन कर जात बाड़े जवना से समाज के एगो बढ़िया संदेशो मिलत बा. लव एक्शन रोमांस से भरपूर एह फिल्म के नवहियन के धेयान में राखि के बनावल जात बा.

फिल्म के निर्माण प्रतिमा डी मिश्रा, विनोद यादव आ मधुसूदन करत बाड़े. अनिल एस मेहता एकर निर्देशक हउवे. कहानी विंध्य शुक्ल के लिखल हवे आ गीत अशोक सिन्हा आ विजन बाली के. संगीत दीहें अफरोज खान त नृत्य निर्देशन करीहें सूरज खान.

फिल्म के कलाकारन में धर्मेश मिश्रा, समर्थ चतुर्वेदी, कल्पना शाह, नेहा सिंह, इरफान, सूरज, बालेश्वर सिंह वगैरह शामिल बाड़े.


(स्रोत : दिनेश चन्दर)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..