हम शादीशुदा बालबच्चेदार आदमी हईं

आजु एह पोस्ट का जरिये हम बता दिहल चाहत बानी कि हम शादीशुदा बालबच्चेदार आदमी हई. हमार एगो केहू शुभचिन्तक शायद ई बाति नइखे जानत जवना चलते ऊ हमार फर्जी प्रोफाइल एगो मैट्रिमोनियल साइट पर बना दिहले रहुवे. गनीमत अतने भइल कि ओह साइट से हमरा के मेल आइल कि ऊ हमार प्रोफाइल सार्वजनिक कर दिहले बा. प्रोफाइल पर गइनी त कवनो जानकारी ना मिलल. तकनीकि मामिला में हम कमजोर हईं से ई पता लगावे में आपन उर्जा आ समय बरबाद कइला का बदले सीधे ओह प्रोफाइल के डिलीट कर दिहल आसान लागल.

अगर रउरा सभे में से केहू के हमार कवनो प्रोफाइल भा हमरा कवनो मेल आईडी से कवनो संदिग्ध मेल जाव त ओकरा के नजरअन्दाज कर देब बाकिर हमरा के बतावल मत भुलायब. हमहू जानल चाहत बानी कि हम केकरा निशाना पर आ रहल बानी.

राउर,
संपादक, अँजोरिया.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।