हवन पर रोक से नाराज नीतीश कुमार नीतीश कुमार के चप्पल मरलसि

आजु पटना में होखत जनता दरबार के दौरान मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पर एगो नवही चप्पल फेंक के मरस़लसि जवन मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के छाती पर लागल. नवही के निशाना आ रफ्तार अइसन रहे कि केहु कुछ समझि पावे तब ले ऊ आपन काम क लिहलसि. गनीमत इहे रहल कि एह घटना के कवनो कैमरा पकड़ि ना पवलसि आ मुख्यमंत्री के अपना कुरता पर लागल चप्पल के दाग देखावे के पड़ल.
चप्पल मारे वाला के पुलिस तुरते ध लिहलसि त नीतिश ओकरा के छोड़वा दीहलन आ अपना लगे बोला के ओकरा नाराजगी के कारण पूछलन. चप्पल फेंके वालो के नामो नीतिश कुमार निकलल आ ऊ कहलसि कि हिन्दू लोग के धार्मिक काम पर रोक लगवला से ऊ नाराज बा. नीतिश सरकार बिहार में दिन का समय पूजा हवन पर रोक लगा दिहले बिया आ अइसन करात धराए वाला के दू बरीस के जेल के कानून बना दिहले बिया.
बाकिर सीएम नीतिश साफ कह दिहलन कि पूजा हवन पर रोक अबहीं जारी रही भले केहु उनका के गोलिए काहे ना मार देव.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।