हामिद अंसारी दुबारा उपराष्ट्रपति चुना गइलें

जइसन कि पहिलहीं से पता रहुवे यूपीए उम्मीदवार आ मौजूदा उपराष्ट्रपति हामिद अंसारी दुबारा उपराष्ट्रपति चुना गइलें. एह चुनाव में कवनो तरह के क्रास वोटिंग के खबर नइखे आ सगरी लोग अपना अपना राजनीतिक गोल का हिसाब से वोट दिहल. विपक्षी एनडीए उम्मीदवार जसवंत सिंह के एआईडीएमके के सांसदन के वोटो मिलल हालांकि बीजू जनता दल के सांसद, तेदेपा के सांसद आ आरसएपी के सांसद मतदान में शामिल ना भइलें.

एह चुनाव में लोकसभा आ राज्यसभा के सदस्य वोट डालेलें.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..