हालात से हार गइल आध्यात्मिक सन्त भय्यू महाराज अपना के गोली मरलन


इन्दौर, 12 जून (वार्ता) मध्यप्रदेश के इंदौर में रहत आध्यात्मिक सन्त उदय सिंह देशमुख (भय्यूजी महाराज) आजु अपना लाइसेंसी पिस्तौल से अपना दहिना कनपट्टी पर गोली मार लिहलन.
ओकरा बाद उनुका के एगो निजी अस्पताल में ले जाइल गइल जहाँ उनुका के मरल घोषित क दीहल गइल.
बतावल जात बा कि पुलिस उनुकर लिखल आत्महत्या का पुर्जी आ ऊ पिस्तौल बरामत क लिहले बिया. पुलिस एह मामिला के हर तरह से जाँच करे के बाति कहत बिया. उनुका घरोवालन से पूछताछ कइल जाई.
जाने जोग इहो बा कि भय्यूजी महाराज के पहिलका पत्नी माधवी के मौत साल 2015 में हो गइल रहुवे आ ओकरा बाद साल 2017 में ऊ डॉ आयुषी शर्मा से बिआह क लिहले रहन. बाकिर एह से उनुकर बेटी नाराज रहुवे.
भय्यूजी महाराज के राजनीतिक संपर्को मजगर रहुवे आ अन्ना के अनशन तुड़वावें में उनुका दखल ले के ऊ सभका चर्चा में आ गइल रहलें.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।