हिट फिलिमन के पर्याय बनली अक्षरा सिंह

akharaसिनेमा भोजपुरी में आपन मजगर पहचान बना लेबे वाली अक्षरा सिंह आज हिट फिलिमन के दोसर नाम बन गइल बाड़ी, अक्षरा सिंह माने कि सुपर हिट फिलिम. अब अक्षरा के लगातार हिट होखत फिलिमन में एगो नाम अउर जुड़ गइल बा ‘दिलेर’ के. बिहार के ४० गो सिनेमाघरन में रिलीज भइल ई फिलिम तिसरको हफ्ता धूम मचावे में लागल बिया.

एह फिलिम में अक्षरा सिंह के किरदार के नाम ‘रानी’ बा. एह किरदार के सभतर बड़ाई होखत बा. कम बाकिर नीमने फिलिम करे में विश्वास राखे वाली अक्षरा सिंह के आवे वाली फिलिमन में नारी प्रधान फिलिम “प्रतिघात”, “प्रतिज्ञा-२”, आ “बलमा बिहार वाला” प्रदर्शन खातिर तइयार बाड़ी सँ.


(भोजवुडन्यूज)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..