हिन्दुअन के उत्पीडन ना रुकल त आरपार के लडाई होखी : योगी आदित्यनाथ

गोरक्षपीठ के उत्तराधिकारी आ भाजपा. सांसद योगी आदित्यनाथ कहले बाड़न कि मुजफफरनगर मे सत्ता के संरक्षण मे हिन्दुअन के नरसंहार भइल आ सपा सरकार एकतरफा कार्रवाई करके हिन्दुअन के प्रताडित कइलसि. लखनऊ में जारी बयान में योगी कहले बाड़न कि मुजफ्फरनगर के घटना के सपा अध्यक्ष मुलायम सिंह यादव का तरफ से जातीय संघर्ष कहल उनुका मुस्लिम तुष्टीकरण के नीति देखावत बा. योगी के कहना बा कि सपा सरकार में अबले चालीस से अधिका हिन्दू विरोधी दंगा भइल बा जवना में हिन्दुअने के झूठ मुकदमा मे फँसावल गइल बा.

योगी के कहना बा कि एक ओर त प्रदेश सरकार आतंकवादियन का खिलाफ दर्ज मुकदमा वापिस लेत बिया आ दोसरा तरफ हिन्दुअन का खिलाफ झूठ मुकदमा दर्ज कर के प्रदेश के अराजकता के आग मे झोंकल जात बा. एह तरह के हिन्दू विरोधी काम बर्दाश्त ना कइल जाई. आ अगर हिन्दुवन के उत्पीडन ना रुकल त हिन्दू विरोधियन का खिलाफ आरपार के लडाई लडल जाई.

योगी के कहना बा कि प्रदेश के सपा सरकार के सत्ता मे रहे के नैतिक अधिकार नइखे आ राज्यपाल के रिपोर्ट का आधार पर प्रदेश आ देशहित मे एह सरकार के बर्खास्त कर देबे के चाहीं.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।