हिन्दुवन के मुसलमान बनावे वाला टीपू के समर्थक हिन्दू नेता के मार दिहलेंं

Kutappaआजु कर्नाटक के कांग्रेसी सरकार ओह आततायी टीपू सुल्तान के जयन्ती मनावत बिया जे कुर्ग के हिन्दूवन के नरसंहार करवले रहुवे. नाहियो त चालीस हजार हिन्दूवन के मुसलमान बना दिहले रहुवे आ जे मुसलमान ना बनल वइसनका कई हजार हिन्दूवन के अपना हाथियन से कचरवा मरले रहुवे.
भाजपा अइसनका आततायी राजा के जयन्ती मनावे केे वहिष्कार कइले बिया आ कुर्ग में निकहा विरोध देखे के मिलत बा. आजु मंगल का दिने बेंगलुरू से 250 किमो दूर कोडागू में विहिप के एगो नेता के टीपू समर्थक मुस्लिम संगठन पीएफआई के लोग ईंटा पत्थर से कूच के मुआ दिहलें.
टीपू हजारन मंंदिर के भसवा दिहले रहुवे आ ओकरा से मंदिर के बचावे खातिर कुछ मंदिरन के शिखर गिरा के ओकरा पर मस्जिद जइसन गुंबद बना दीहल गइल रहुवे. अइसनका गुंबद वाला मंदिर आजुओ टीपू के आतंक के कहानी सुनावे ला मौजूद बाड़े.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *