हिन्दुस्तान के सात रंग आज महुआ टीवी का डांस संग्राम में

महुआ टीवी चैनल के लोकप्रिय रियलिटी शो डांस संग्राम में आज शनिचर का दिने हिन्दुस्तान के सात रंग देखे के मिली. देश के अलगा अलगा इलाका के नृत्य शैली के अलग अलग प्रतिभागी पेश करीहें आ एही बहाने भारत के सांस्कृतिक आ एतिहासिक धरोहर पेश करे के कोशिश होखी. डांस संग्राम में अब साते गो प्रतिभागी रह गइल बाड़न आ उहे लोग एह सात गो नृत्य के पेश करी.
A contestant of Dance Sangram on Mahuaa TV
शनिचर का कार्यक्रम में भोजपुरी आ अवधी के मशहूर गायिका मालिनी अवस्थी अतिथि जज का भूमिका में रहीहें आ शुरुआत उनके शानदार एंट्री पर मुनिया रे मुनिया, बाजे पैजनिया बाजे रे, अरे बाजे छमा छम के धमाकेदार प्रस्तुति का साथ होखी. ओकरा बाद बंगाल के प्रतिभागी गौरी क्षेत्री राजस्थानी नृत्य पेश करीहें जवना के खूबे वाहवाही मिली. फेर अइहें बनारस के आतमजीत सिंह जे पंजाब का भाँगड़ा पर धमाल मचावे वाली प्रस्तुति दीहें, उनका निहोरा पर सब जज लोग मंच पर आ के भाँगड़ा में शामिल होइहें. रांची के दीपू दक्षिण भारत के पीली कोला नृत्य शैली पर प्रस्तुति दीहें. एह में ऊ अपना देह पर शेर के पेंटिंग करवले नृत्य करीहें आ अन्त में थाक के बेहोश हो जइहें. गोरखपुर के अविनाश यूपी के पारम्परिक नौटंकी शैली में लैला मजनू के प्रेम कहानी अपना नृत्य का माध्यम से पेश करीहें. उनका प्रस्तुति पर मालिनी अवस्थी नौटंकी के याद में डूब जइहें.

पटना के आनन्द ईशान महाराष्ट्र के गणेशोत्सव का दौरान होखे वाला लेंझीमा शैली के नृत्य पेश करीहें. एह माध्यम से ऊ इहे बतावे के कोशिश करीहें कि जवना उत्तर भारतीय लोग का खिलाफ मराठा के दिग्भ्रमित नेता आवाज उठावेलें उहे उत्तरभारतीय ओह लोग का परंपरा के राष्ट्रीय मंच पर पेश कर रहल बाड़े. एह गीत पर बाद में सगरी प्रतिभागी फेर से प्रस्तुति दीहें. एह सब के देख के एकर दिनेशलालो कह उठीहें देख ल महाराष्ट्र के रंग देखावत हव एगो भोजपुरिया बेटा.

राँची के आकाश उड़ीसा के छऊ शैली के नृत्य पेश करीहें आ दिल्ली के मैक झारखंड के आदिवासी नृत्य शैली पेश करीहें.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।