हिन्दु विरोधी कांग्रेस देश के बदनाम कइलसि, माफी मांगसु राहुल : अमित शाह


बेंगलुरु, 18 अप्रैल (वार्ता) भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के अध्यक्ष अमित शाह आजु कहलन कि भगवा आतंकवाद का नाम पर कांग्रेस लाखों साल पुरान हिन्दू संस्कृति के बदनाम कइले बिया आ एह गलती ला कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी के पूरा देश से माफी मांगे के चाहीं.
कर्नाटक विधानसभा के 12 मई का दिने होखे वाले चुनाव ला प्रचार करे दू दिन के यात्रा पर एहिजा आइल अमित शाह आजु अपना गोल के शक्ति केन्द्र प्रमुखन के सम्मेलन में कहलन कि लाखों सालों से दुनिया के संस्कार, शांति, आ सभ्यता के संदेश देत आइल महान हिन्दू संस्कृति के नाम आतंकवाद का साथ जोड़े के पाप कइले बिया कांग्रेस आ एह ला कांग्रेस अध्यक्ष के देश से माफी मांगे के चाहीं.
भाजपा अध्यक्ष कहलन कि कई बरीस से कांग्रेस दुनिया भर में भगवा आतंकवाद के नाम ले के देश के छवि बिगाड़े में लागल बिया. कहलन कि अब कांग्रेस कहत बिया कि कबो भगवा आतंकवाद के नाम नइखे लिहले जबकि कांग्रेस के कई नेतवन का भाषण में एह शब्द के इस्तेमाल कइला के पूरा सबूत मौजूद बा.
अमित शाह इहो कहलन कि जब भाजपा के महज दू गो सांसद जीतल रहलें ओह घरी तब प्रधानमंत्री रहल राजीव गांधी भाजपा पर तंज कसत कहले रहलन कि – भाजपा हम दो हमारे दो में विश्वास करेले. आजु उहे भाजपा लोकसभा में पूरा बहुमत का साथे सरकार चलावत बिचाय देश में भाजपा के 1600 से अधिका विधायक बाड़ें आ 20 राज्यन में सरकार बा. एकरा अलावे तमाम स्थानीय निकायन आ नगर निगमन में हमनी का काबिज बानी जा. भाजपा के स्थापना दस सदस्य ले के भइल रहुवे आ आजु ई दुनिया के सबले बड़का राजनीतिक गोल बन गइल बिया. आजु एकर 11 करोड़ सदस्य बाड़न आ एकर पूरा श्रेय बूथ कार्यकर्तन आ शक्ति केन्द्र प्रमुखन के बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।