हिन्दू एक हो जासु त कवनो ताकत हरा ना सकी मोदी के

पन्ना, 03 जून (वार्ता) मध्यप्रदेश के मुख्यमंत्री रह चुकल बड़का कांग्रेसी नेता दिग्विजय सिंह के कहना बा कि कांग्रेस नेता एकजुट हो जासु त उनुका गोल के कवनो ताकत हरा ना सकी.
प्रदेश कांग्रेस समन्वय समिति के प्रमुख दिग्विजय सिंह ई बाति गुटबाजी से जुड़ल सवाल का जवाब में कहलन. कहलन कि सभो देखी कि कांग्रेस के सगरी नेता एकजुट होके अगिला चुनाव लड़ीहें. जबले नेता एकजुट होके ना लड़ीहें, तबले कांग्रेस चुनाव ना जीत पाई आ एकजुट हो गइला पर कवनो ताकत कांग्रेस के हरा ना पाई.
कांग्रेस अगर विधानसभा चुनाव जीत जाव त मुख्यमंत्री के होखी का जबाब में दिग्विजय सिंह कहलन कि ई विधायक दल तय करी आ जेकरे के राहुल गांधी आशीर्वाद दिहें उहे मुख्यमंत्री होखी.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।