हिन्दू एक हो जासु त कवनो ताकत हरा ना सकी मोदी के

पन्ना, 03 जून (वार्ता) मध्यप्रदेश के मुख्यमंत्री रह चुकल बड़का कांग्रेसी नेता दिग्विजय सिंह के कहना बा कि कांग्रेस नेता एकजुट हो जासु त उनुका गोल के कवनो ताकत हरा ना सकी.
प्रदेश कांग्रेस समन्वय समिति के प्रमुख दिग्विजय सिंह ई बाति गुटबाजी से जुड़ल सवाल का जवाब में कहलन. कहलन कि सभो देखी कि कांग्रेस के सगरी नेता एकजुट होके अगिला चुनाव लड़ीहें. जबले नेता एकजुट होके ना लड़ीहें, तबले कांग्रेस चुनाव ना जीत पाई आ एकजुट हो गइला पर कवनो ताकत कांग्रेस के हरा ना पाई.
कांग्रेस अगर विधानसभा चुनाव जीत जाव त मुख्यमंत्री के होखी का जबाब में दिग्विजय सिंह कहलन कि ई विधायक दल तय करी आ जेकरे के राहुल गांधी आशीर्वाद दिहें उहे मुख्यमंत्री होखी.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *