Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

हिन्दू मंदिरन के सरकारी कब्जा से मुक्त करे के कहलसि विहिप

(टटका खबर, सोमार, आषाढ़ अँजोरिया दशमी, 2078 विक्रमी)

विश्व हिंदू परिषद देश भर के मंदिरन आ मठन से सरकारी कब्जा हटवावे के मांग कइले बा. काल्हु फरीदाबाद के मानव रचना विश्वविद्यालय में पूरा भइल दू दिन के केंद्रीय प्रन्यासी मंडल आ प्रबंध समिति के बइठक का आखिरी दिने हिंदू मंदिरन के सरकारी नियन्त्रण से मुक्ति आ अवैध धर्मांतरण रोके खातिर केंद्रीय कानून बनावे के मांग करे वाला दू गो प्रस्तावो पारित कइलसि.
पत्रकारवार्ता में विहिप के कार्यकारी अध्यक्ष आलोक कुमार कहलन कि दोसरा कवनो धरम के धार्मिक स्थल पर जब कवनो सरकारी नियन्त्रण नइखे त खाली हिन्दुवने का साथे एह तरह के अन्याय काहे कइल जा रहल बा. कहलन कि मठ-मंदिर आस्था के केंद्रबिंदु होखला का साथ ही चिरंजीवी शक्ति के केंद्र आ हिंदू समाज के आत्मा हउवें आ एहनी के सरकारी नियंत्रण से मुक्त क के एह मंदिर-मठन के देखभाल, संचालन आ दायित्व हिंदू समाज के सँउप दीहल चाहीं. कई बेर अदालतो से अइसन आदेश आइल बा कि सरकार का लगे कवनो अधिकार नइखे कि ऊ मंदिरन के अपना कब्जा में राखे.

कोरोना पीड़ित ओह राज्यन से, जहवाँ छूतहा होखे के दर तीन फीसदी से अधिका बा जइसे कि महाराष्ट्र आ केरल, उत्तर प्रदेश आवेवाला लोग के अपना साथे चार दिन का भितरे करावल आरटीपीसीआर रिपोर्ट ले आवल जरुरी बना दिहल गइल बा. इहो कहल गइल बा कि जे लोग दुनु टीका लगवा चुकल बा ओह लोग के एकरा से छूट मिल सकेला बशर्ते ऊ लोग अपना साथे दुनु टीका लगवला के प्रमाणपत्र राखे. रेल, बस, हवाई जहाज से आवे वाला लोग के थर्मल स्कैनिंग आ एंटीजेन टेस्ट का बाद अपना गंतव्य जाए दीहल जाई.

आखिरकार कांग्रेस के अध्यक्षा सोनिया गाँधी पंजाब कांग्रेस अध्यक्ष पद पर नवजोत सिंह सिद्धू के बहाल करे के एलान करवाइए दिहली. काल्हुवे पंजाब कांग्रेस के दस गो सांसद उनुका से निहोरा कइले रहलें कि पंजाब मुख्यमंत्री के नीचा मत देखावल जाय. कहले रहे लोग कि आजु पंजाब में कांग्रेस जहवां बिया उहवां ऊ कैप्टेन अमरिंदर सिंह के मेहनत का बल पर बिया. अबहीं अमरिंदर सिंह के पक्ष के प्रतिक्रिया सामने नइखे आइल. वइसे सिद्धू का साथही चार गो कार्यकारी अध्यक्षनो के बहाली कइल गइल बा.

देश के मीडिया समूहन के विदेशी फंडिंग होखे के साजिश अब उजागर होखे लागल बा. मीडिया पोर्टल न्यूजक्लिक के करीब साढ़े अठाइस करोड़ रुपिया गलत तरीका से विदेशन से मिलला के सबूत प्रवर्तन निदेशालय के मिलल बा. चीन में रहत एगो विदेशी नागरिक नेविले रोय सिंहम न्यूजक्लिक के एह फंडिंग में शामिल मिलल बा. ई फंडिंग चीनी प्रोपोगंडा करे खातिर दीहल गइल. अपना षडयंत्र के पूरा करे खातिर न्यूजक्लिक एल्गर परिषद के गौतम नवलखा के साढ़े बीस लाख रुपिया दिहले रहुवे. माओवादी कम्युनिष्ट पार्टी के बपादित्य सिन्हो के बावन लाख रुपिया न्यूजक्लिक का जरिए मिलल रहे.

जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष आरसीपी सिंह के केंद्र सरकार में मंत्री बनला का बाद एक आदमी एक पद का सिद्धांत का तहत जदयू आपन नया अध्यक्ष चुने वाला बावे. 31 जुलाई के जदयू राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बइठक जंतर-मंतर राष्ट्रीय कार्यालय में बोलावल गइल बा जवना में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार समेत राष्ट्रीय कार्यकारिणी के सगरी 75 सदस्य शामिल होखिहें.

मुंबई में बरखा का चलते मकानन आ झोपड़ियन के ढहला का चलते नाहियो त 22 लोग के मौत हो गइल बा. ई हादसा कई जगहा मिला के भइल.

सलामी बल्लेबाज आ कप्तान शिखर धवन के नाबाद 86 रन, ईशान किशन के 59 रन आ ओपनर पृथ्वी शॉ के 43 रन के तेज तर्रार पारियन का सहारे भारत अतवार का दिने भइल श्रीलंका का साथे पहिलका एकदिना क्रिकेय में श्रीलंका के सात विकेट से हरा दिहलसि.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *