‘हिरउआ नं. 1‘ के शूटिंग पूरा भइल

hirahua1एस. के. राय फिल्मस् के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ‘हिरउआ नं. 1‘ के शूटिंग पिछला दिने बिहार में पूरा कर लिहल गइल. एह फिलिम से नवोदित एक्टर मुन्ना लाल यादव के परदा पर लॉंच कइल जात बा. एह पूरा तरह से पारिवारिक आ कॉमेडी फिलिम में नौ गो गाना बा जवना के खुशबू उत्तम, चमन कश्यप, महाला आ मुन्ना लाल यादव आवाज दिहले बाड़न. अभिनेता मुन्ना लाल यादव गायकी का बाद नायकी करे जात बाड़न.

निर्माता रमेश राय, लेखक राकेश मिश्रा, निर्देशक अमित आभिषेक, गीत महालाल, संगीत प्रवीण सोनी, छायांकन रंजीत कुमार, नृत्य प्रीतम, नवीन सिंह, आ फाईट मास्टर जीवन हउवें.

मुख्य कलाकार मुन्ना लाल यादव, चारू शर्मा, नेहा गुप्ता, कमरूल जमा, भाई ठाकुर, अशोक माही आ आनंद किशोर.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।