हृतिक पर भारी पड़लन रवि किशन

भोजपुरी फिलिमन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन के जलवा छोटको परदा पर बरकरार बा. उनुकर होस्ट कइल जा रहल शो नाच नचैया धूम मचैया भोजपुरिया देखनिहारन के बहुते नीक लागत बा तबहिये त बिहार यूपी में एह शो के टीआरपी हृतिक रोशन के “जस्ट डांस” शोओ ले अधिका बा.

नाच नचैया धूम मचैया में रवि किशन एंकर बाड़े आ सुधा चंद्रन, गणेश आचार्य अउर कानू मुखर्जी निर्णायक का भूमिका में. जस्ट डांस में निर्णायक वाली जिम्मेदारी निबाहत बाड़ी फरहा खान अउर वैभवी मर्चंट. नाच नचैया धूम मचैया के एगो खासियत इहो बा कि उत्तर प्रदेश में एह शो के बहुते पसंद कइल जा रहल बा. एकर मतलब कि एह शो से महुआ टीवी के लोकप्रियता यूपी में बहुते बढ़ गइल बा.

शो का बारे में रवि किशन के कहना बा कि बिहार उत्तरप्रदेश में प्रतिभाशालियन के खान बा आ महुआ टीवी ओह लोग के तलाशे आ तराशे के काम करत बिया. शो के लोकप्रियता बढ़े के कारण इहे बा.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..