हेे भगवान कवनो दुश्मनो केे अइसनका अस्पताल मेें मत भेजीहऽ

(फोटो एक्स प्लेटफार्म पर तृणमूल केे हैन्डल सेे)

आजु एगो हृदयविदारक घटना मेे पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री आ तृणमूल कांग्रेस केे अध्यक्षा गंभीर रुप से घवाहिल हो गइली. उनुका केे अस्पताल मेें भरती करावल गइल जहाँ सेे कुछ इलाज का बाद उनुका केे छुट्टी मिल गइल.

एह घटना केे खबर तृणमूल कांग्रेेस केे आधिकारिक ट्वीटर हैैन्डल पर फोटो का साथेेे डाल दीहल गइल आ लोग के गोहार लगावल गइल कि लोग भगवान सेे ममता दीदी के शीघ्र स्वास्थ्य लाभ खातिर प्रार्थना करो.

फोटो देख के हमरो लागल कि सचहूं भगवानेे के भरोसेे रहली ममता दीदी. कपार फूट गइल बा आ खून बह के नाक का किनारेे सेे होत नीचेे ठुड्डी तक चहुँप गइल बा. फोटो देेख केे लागत बा कि ममता दीदी अस्पताल केे बेेड पर बाड़ी बाकिर अस्पताल के हालात अइसन बा कि केहू घाव सेे बहत खून के पोछहूं वाला नइखे. घाव पर टाँका लगावल भा मरहम पट्टी कइल त दूर केे बात बा.

ऊ त धन्य बाड़ेे तृणमूल केे फोटोग्राफर जेे एह हालात केे हृदयविदारक दृश्य अपना कैमरा सेे कैैद कर केे हमनी केे सोझा ले अइलन.

अब त रउरो कहब कि भगवान कवनो दुश्मनो के अइसनका अस्पताल मेें मत भेेजसु. सोचीं कि जवना सरकारी अस्पताल, आ उहो मेडिकल कॉलेज अस्पताल, मेें राज्य केे घवाहिल मुख्यमंत्री केे अइसन इलाज होखत बा ओहिजा आम जनता का साथेे कइसन होखत होखी.

भगवान केे मेेहरबानी कि अस्पताल उनुका केे तुरते छुट्टी दे दिहलसि. बाकिर तबलेे फोटोग्राफर कहीं चल गइल रहुवेे एह सेे मरहम पट्टी वाला फोटो ना लीहल जा सकल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।