Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

हैकिंग का बाद अँजोरिया फेर से शुरु हो गइल

रउरा से में से बहुत लोग पिछला दू दिन से हैरान रहल होखी कि अँजोरिया फेर पूरा तरह वापिस आ पाई कि ना. संयोग आ दू दिन के परेशानी का बाद निनानबे फीसदी अँजोरिया फेर से काम करे लागल बा. थोड़ बहुत परेशानी बा उहो ठीक हो जाई.

एह संकट का घड़ी में रउरा अँजोरिया का साथे रहनी एह बात के खुशी बा. अँजोरिया पर आवे वाला पाठक दुनिया के कवनो दोसरा भोजपुरी वेबसाइट का मुकाबिले बेसी समय गुजारेले आ बेसी पन्ना पलटेले. हँ गिनती में जरुर कम पाठक आवेले बाकिर हमरा ओकर कवनो अफसोस नइखे. हम जानत बानी कि भोजपुरी से प्रेम बा त अँजोरिया पर देर सबेर आवहीं के बा. दोसरे हम कबीर के लाइन पर चलीले कि “कबीरा खड़ा बाजार में, सबकी पूछे खैर, ना काहू से दोस्ती ना काहू से बैर.” जहाँ तक पार लागेला कोशिश रहेला कि भोजपुरी के अलख जगवले राखल जाव. नयकी पीढ़ी के भोजपुरी से जोड़े खातिर नेट सबसे कारगर माध्यम ह आ एह पर भोजपुरी के दमदार मौजूदगी बनल रहे के चाहीं.

अँजोरिया के इहो खुशी बा कि एह काम में ऊ अकेले नइखे लागल. बहुते लोग एह काम में अपना अपना तरीका से लागल बा. ओहमें से केहू से रउरा विरोध हो सकेला बाकिर ओहमें से केहू के नजरअन्दाज ना कइल जा सके. एह मैदान में जेही बा से ही बावन हाथ के. अबर हो सकेला दूबरो हो सकेला बाकिर भाई में बरोबरे ना बेसी होखे के भाव त जरुरे खा सकेला.

आजु एह खुशनुमा मौका पर हम फेर भोजपुरी सेवा का प्रति आपन प्रतिबद्धता जतावत बानी.

भोजपुरी के दुनिया हमेशा अँजोर बनल रहो,

एही आशा आ विश्चास का साथ,

राउर,
ओम

पुनश्च: पिछला दिने हम भावावेश में ओह हैकर के कुछ बुरा भला कह दिहले रहीं. बाकिर आजु लागत बा कि ऊ आदमी धन्यवाद के पात्र बा जे बतवलसि कि कहाँ कहाँ कमजोरी बा. हैकिंग का बाद वेबसाइट के उहे हाल होला जवन इन्कम टैक्स के छापा पड़ला का बाद कवनो व्यवसायी के होला. कुछ दिन ले जरुर बाउर लागेला बाकिर जइसे जइसे हिसाब किताब दुरुस्त राखे के आदत पड़े लागेला तइसे तइसे जिनिगी खुशगवार होखे लागेला. टैक्स बचावल राउर अधिकार हो सकेला टैक्स चोरी ना. वेबसाइट के सुरक्षा पर ओहि तरह नियमित ध्यान देत रहला के जरुरत होला. कोशिश रहे के चाहीं कि नियमित रुप से अपना कम्प्यूटर आ वेबसाइट के बैकअप लेत रहीं.

4 Comments

  1. Rajesh sharma

    Ajoria.com sab mahoday ke bahoot dhnyabad ba. Ajoria.com ago kranti ba je bhojpuri jaesan pichadal bhasha ke international lable apan pahachan batawe pryash karat batan. Ak bar fir se ja baba bhirug nath

    Reply
  2. Lokenath Tiwary

    ओ पी जी,
    नमस्कार,
    अंजोरिया, फेर आपन प्रकाश फइलाई एह में कवनो संदेह ना रहल हा, त-बो फेर से पूरा भेटाई… एकरा लेके तनी संदेह रहुवे, जवन दूर हो गइल बा…..हैकिंग के भी रउरा सकारात्मक रूप में देखतानी….तब रउरा के कवनो शक्ति ना पछाड़ पाई…
    रउरा के धन्यवाद……

    Reply
    • OP_Singh

      धन्यवाद लोकनाथ जी,

      ई सब रउरा जइसन हित मित के नेह ह जवना से अँजोरिया के दिया जरत रहेले.

      सादर, राउर
      ओम

      Reply
  3. santosh kumar

    o.p.bhaiya
    bada hairani ke baat ba ki haikar log me nagar me ‘anjoria’ rahe…
    hamani ke umid ba ki raur prayas rang leke aa gail..
    anjoria ke sukhad kamana karat ruar ke kotish dhanyabad dem.
    hamara du teen din bujhaeel ki syad website me kono nirman ke kam chalat hoee ohi se band ba lekin ee jan ke bada aashchary hot ba.
    dhanyabad sahit
    santosh patel

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *