हैदराबाद में मोनालिसा दिल जीत लिहली

monalisaसिनेमा भोजपुरी के हॉट गर्ल मोनालिसा क धमाल पिछला दिने हैदराबाद में देखे के मिलल जब मोनालिसा ‘‘आईओ 2013’’ में परफार्म करे गइल रही. ‘‘आईओ 2013’’ देश भर के चिकित्सकन के सम्मेलन रहल, जवना के आयोजन हाईटेक सिटी, हैदराबाद में कइल गइल रहुवे. एह मौका पर मोनालिसा के एगो डांस परफारमेन्स देबे के रहे. ओहिजा मोनालिसा ने एक से बढ़के एक गाना पर परफार्म कर के ओहिजा मौजूद लोगन के दिल जीत लिहली.

भोजपुरिया दर्शकन के दिल क धड़कन मोनालिसा एह आयोजन में मौजूद चिकित्सकन के सरहला से गदगदा गइल बाड़ी.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।