हैदर काजमी अब रविकांत का फिल्म में

सुपर डुपर हिट फिल्म ‘रंगबाज’ के जरिए आपन रंगबाजी देखा चुकल भोजपुरी सुपर स्टार हैदर काजमी अब इलाहाबाद में आपन रंगबाजी देखइहें. जी हँ ! हैदर काजमी हाल ही में निर्देशक रविकांत के अगिला फिल्म साईन कइले बाड़न जवना के शूटिंग एक नवंबर से इलाहाबाद में होखे जा रहल बा, ‘रंगबाज’ से रातों रात छा जाए वाला हैदर काजमी एह घरी भोजपुरी वर्ल्ड में सबकर चहेता बन गइल बाड़न. हर निर्माता हैदर काजमी के लेके फिल्म बनावल चाहत बा बाकिर हैदर काजमी के कहना बा कि ऊ बस निमने फिलिम सकारत बाड़न. निर्देशक रविकांत के फिल्म के हैदर काजमी कमाल के फिल्म बतावत बाड़न. कहलन कि कहानी सुनते हँ कह दिहलन.

हैदर काजमी एगो अउरी फिलिम करत बाड़न, ‘कालिया’. एहु फिलिम में रंगबाजे वाली तिकड़ी बिया. जइसे कि हैदर काजमी, रानी चटर्जी अउर निर्देशक शिवराम यादव. शिवराम यादव के कहना बा कि हैदर काजमी कमाल के अभिनेता हउवन आ ‘रंगबाज’ एकरा के साबितो कर देखवले बा. ‘रंगबाज’ में हैदर काजमी एगो पुलिस इन्स्पेक्टर कृष्णा यादव के भूमिका निभवले जवना के एगो डायलॉग ‘अहिर हई’ दर्शकन का जुबान पर चढ़ गइल बा.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..