हैदर काजमी आ अक्षरा सिंह के हैट्रिक लागे वाला बा

डायनामिक भोजपुरी स्टार आ रियल रंगबाज हैदर काजमी आ अदाकारा अक्षरा सिंह के हिट जोड़ी हैट्रिक करे वाली बा. एह जोड़ी के फिल्म ‘कालिया’ एह साल के सबले चर्चित आ सफल फिलिमन में मानल गइल. एह जोड़ी के दुसरकी फिलिम रहल ‘बिगुल’ जवना के निर्देशन रविकांत के बा. आ अब हैदर काजमी अउर अक्षरा सिंह के जोड़ी नज़र आई ‘प्रतिघात’ में.

जबरदस्त एक्शन भरल एह फिलिम ‘प्रतिघात’ के निर्देशक हउवन आनंद गहतराज आ संवाद लेखक मनोज पांडे. रोल सुनला का बाद काम करे के सकारे वाला हैदर काजमी के कहना बा कि एकरा एक-एक सीन पर दर्शक ताली बजइहें. जवना तरह रजनीकांत के एंट्री पर सिनेमाहाल में दर्शक ताली बजावेलें वइसही लोग हमरो एंट्री पर बजाई एह फिलिम ‘प्रतिघात’ में. अक्षरो सिंह एह फिलिम से बहुते खुश बाड़ी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।