हैदर काजमी आ मिस फेमिना नूरी शेख के ‘लड़ाई’

Hyder-Nooriसिनेमा भोजपुरी में रियल रंगबाज हैदर काजमी आ मिस फेमिना नूरी शेख के जोड़ी भोजपुरी फिलिम ‘लड़ाई’ में नजर आई. साथे रहीहें विशाल तिवारी, अंजना सिंह, प्रीती सिंघानिया, देव, सी.पी. भट्ट, डैनी शेहरावत, बालेश्वर सिंह, सोनू झा आ माया यादव. एह फिलिम के शूटिंग जहानाबाद में भइल बा.

‘लड़ाई’ में हैदर काजमी आ विशाल तिवारी जबरदस्त एक्शन देखे के मिली त हैदर काजमी आ नूरी शेख के इश्क लड़ावलो. विशाल तिवारी चर्चित नायिका अंजना सिंह संगे प्यार के पढ़ाई पढ़ीहें.

स्क्वायर फिल्म्स के बैनर तले बनल फिलिम ‘लड़ाई’ के निर्माता के.के. तिवारी, निर्देशक आनंद गहतराज, संगीतकार अमन के. श्लोक आ राकेश शर्मा, संवाद आ पटकथा लेखक मनोज पाण्डे, मारधाड़ निर्देशक रियाज सुल्तान, नृत्य निर्देशक संजय कोरबे, कला निर्देशक अंजनी तिवारी, ध्वनि रिकार्डिस्ट आरिफ आलम खान, कैमरामैन नरेन्द्र पटेल, आ एडीटर गोविंद दुबे हउवें. कार्यकारी निर्माता हउवें अखिल.

प्रीति सिंह के आइटम नम्बर एह फिलिम के प्लस प्वाइंट होखी. नूरी शेख के ई पहिला फिलिम ह.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।