हैदर काजमी आ रानी चटर्जी के जोड़ी फेर आई


भोजपुरी फिल्म रंगबाज से हिट जोड़ी बन चुकल हैदर काज़मी आ रानी चटर्जी फेरू फिल्म ‘कालिया’ में नजर आवे जात बाड़े . एहू फिल्म के निर्माण ‘रंगबाज’ के निर्माता ए.एस.सी. डिजिटल प्रा. लि. करत बा आ निर्देशन करत बाड़े रंगबाज के निर्देशक रहल शिवराम यादव. ए.एस.सी. डिजिटल प्रा. लि. के कहना बा किर हैदर काजमी आ रानी चटर्जी के जोड़ी के दर्शकों अतना पसंद कइलन कि हमनी का एह जोड़ी के फेर से ले आवे के फैसला ले लिहनी.

भोजपुरिया मिथुन चक्रवर्ती माने कि हैदर काजमी के फिल्म ‘रंगबाज’ एह साल के सबसे बड़हन हिट फिल्म साबित भइल बिया. एकरा चलते कई गो बड़का भोजपुरी फिल्मन के प्रदर्शन टार देबे के पड़ल. ‘रंगबाज’ के प्रचारो पर दिल खोलके पइसा खरचल गइल रहे.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..